पहिला सगुन दही माछर रे
ऊपर डंटाईल पान सगुनवा
भल पावल लगनिया अकुताईल
ताहि सगुने अईहे राम चन्दर दूल्हा
है सीता देई सुहईआ केकरा गांव
सगुनवा भल पावल लगनिया अकुताईल
2
ऐ हाटे जाहु बाटे जाहु
राम चन्द्र दूल्हा रानी रउतिन पुछेले
ऐ के तोरा हृदया सवारल
अगर चंदन लिए दवना मरुआ लिए
बाबा जे हमरा राजा दशरथ अम्मा कौशल्या देई
उन्ही के मोरा हृदय सवारल